नेह के नदिया बड़ी गहीर बा कवनो ओर ना छोर
जे इकरा में लावे डुबकी वोकर सूखे ना लोर
मुखड़ा
हो जाला दुश्मन जमाना प्यार में 2
लूट जाला दिल के परवाना प्यार में
आपन पराया सब बेगाना प्यार में
बनी जाला लोगवा दीवाना प्यार में
अंतरा
प्यार ह प्यार में अखिया से हो जाला ख़ता 2
दिल के तड़पेला ताउम्र के मिल जाला सज़ा
बनके आशिक़ भटकेंला मनवा ईहा से उहा
करके हथज़ोरी माँगेला बस इश्क़ में वफ़ा
कश्ती के मिले ना किनारा प्यार में
मिट जाला अब अफ़साना प्यार में
आपन पराया सब बेगाना प्यार में
बनी जाला लोगवा दीवाना प्यार में
अन्तरा
प्यार में जान भीं त आपन ग़ैर हो जाला 2
एक महबूब के पावे के ख़ातिर जान इ जाला
दिल कही लागे ना बस यार के खोजत फिरे
पल भर में ही दुनिया सब बदल जाला
लुट जाला दिल के ख़ज़ाना प्यार में
बुरा होला दिल के लगाना प्यार में
आपन पराया सब बेगाना प्यार में
बनी जाला लोगवा दीवाना प्यार में